![]() |
(शहीदों को श्रद्धांजलि) |
जिन्दगी बेहाल भइल, कहां
गइला रजऊ1
छिप गइला जाके कहां, अइला नाही
रजऊ
तू त कहत रहला, जिन्दगी भर
साथ बा
छोड़ के तू चल गइला, का भइल
रजऊ
जिन्दगी बेहाल भइल, कहां
गइला रजऊ।
ना भावे चूड़ी हमके, ना
भावे टिकुली2
ना ही अच्छी लागे रतियां3, ना ही चंदनिया4
दिल में कसक उठे, ख्वाब
भइला रजऊ
छोड़ के तू चल गइला, का भइल
रजऊ
जिन्दगी बेहाल भइल, कहां
गइला रजऊ।
खेतवा में लागे न मन, गांव जवरिया5
सूनी-सूनी लागे हमके सगरी डहरिया6
दुनिया बेकार भइल, तोहरे
बिना रजऊ
छोड़ के तू चल गइला, का भइल
रजऊ
जिन्दगी बेहाल भइल, कहां
गइला रजऊ।
न भावे चूल्हा हमके, न
भावे चौउका7
न भूख प्यास लागे, नाही
लागे निंदिया
तड़फे मछरिया8 जैसे, जल बिन रजऊ
छोड़ के तू चल गइला, का भइल
रजऊ
जिन्दगी बेहाल भइल, कहां
गइला रजऊ।
केकरा9 से दूख आपन, कहीं हम रजऊ
सब जग उदास भइल, तोहरे बिना
रजऊ
कैसे बिताईं जिन्दगी,
तोहरे बिना रजऊ
छोड़ के तू चल गइला, का भइल
रजऊ
जिन्दगी बेहाल भइल, कहां
गइला रजऊ।
आवे का वादा करके, गइल रहला
रजऊ
अपने देस की खातिर, शहीद
भइला रजऊ
अब न कोई भेजी हमके, चिट्ठी-पतरिया
छोड़ के तू चल गइला, का भइल
रजऊ
जिन्दगी बेहाल भइल, कहां
गइला रजऊ।।
© सर्वाधिकार सुरक्षित। लेखक की उचित अनुमति के बिना, आप इस रचना का उपयोग नहीं कर सकते।
Where to Bet on Sports To Bet On Sports In Illinois
जवाब देंहटाएंThe best sports bet types and bonuses available worrione.com in Illinois. The most common sports betting 출장샵 options https://septcasino.com/review/merit-casino/ available. Bet $20, 토토사이트 Win $150, Win $100 ventureberg.com/ or